पिया नाही अइले

सभ बन फूलवा फूलइले हो रामा। पिया नाही अइले॥

आमवा फूलइले महुइया फू इले
चोलिया में जोबना फूलइले हो रामा। पिया नाही अइले॥

टेसू फूलइले परास फूलइले
सहजन पर भंवरा लुभइले हो रामा। पिया नाही अइले॥

पिया नाही अइले चइत बीत गइले
पिया बिनू जिया अकुलइले हो रामा। पिया नाही अइले॥
------------------------------
अंक - 76 (19 अप्रैल 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.