मैना: भोजपुरी साहित्य कऽ उड़ान क बारे में

मैना एगो चिरई हऽ जेवन मनई के बोली के नकल उतार सके ले अउरी उतारबो करेले। कबो-कबो तऽ ई नकल एतना साफ होला कि लगबे ना करेला कि मनई नाही एगो चिरई बोलत बीआ। सङही भोजपुरी लोकसाहित्य अउरी लोकजीवन में मैना चिरई के बहुत बड़ जगह बा। लरिकाई में इया के तोता-मैना के काथा होखे चाहें जिनिगी के केवनो बड़हन बात भा सीख होखे, मैना चिरई हमेशा एगो चिन्ह अउरी उदाहरन बन के सोझा आजाले अउरी कहेले कि देखऽ रसता ई नाही, ई हऽ। औरी ए तरे हर भोजपुरिया के मन के एगो कोन में चुपचाप बइठ के आपन काम क रहल बे। 
भोजपुरी लोक परम्परा, जीवन अउरी साहित्य जाने केतना पुरान बा कुछऊ कहल मुसकिल बा अउरी सङही ओकर फईलाव अथाह बा जेमे जाने का-का समाईल बा। सगरी भोजपुरी लोक परम्परा, जीवन अउरी साहित्य कबिता, काथा, गीत, खेला अउरी नाच जइसन कईगो जेवनार (बिधा) सोझा आइल बा अउरी भोजपुरिया समाज ओके अपनवले बा। मगर बाचिक भईला से बहुत कुछ समय के धार में बहि गईल बा अउरी बहुत कुछ बह रहल बा। हर सुख के, हर दुख के लोक परम्परा रहलि हऽ जेवन बदलाव के बरखा में बुताईल जाता। बस खाली बुताते नईखे, संगे-संगे सगरी चिन्ह अउरी निशानो मिटल जाता जेवना के जानल, समझल अउरी सहेजल जरूरी बा। 
मैना भोजपुरी साहित्य खाती एगो छोट डेग बा जेवना के बस एगही धेय बा अउरी उ ई बा कि भोजपुरी साहित्य जेवन भोजपुरिया समाज के लोक, परम्परा, बिसवास, मरजादा, संस्कार अउरी काल्ह अउरी आज के समेटले होखे ऊ साहित्य अधिका से अधिका लोगन तक पहुँचे चाहें ऊ केवनो जेवनार में होखे। 
ए ई पत्रिका के शुरुआत 11 मई 2014 के श्री प्रभुनाथ उपाध्याय जी के निर्देशन अउरी प्रधान-संपादन में एगो मासिक ई पत्रिका के रूप में भईल अउरी ई पत्रिका 11 जनवरी 2015 ले एगो मासिक ई पत्रिका के रुप में प्रकासित होत रहल। ई पत्रिका हर महीना के 11 तारीख के पत्रिका प्रकासित होखत रहल औरी 11 जनवरी 2015 ले नौ गो मासिक अंक निकलल। लेकिन समय बितला के संगे ई बुझाए लागल कि पत्रिका के मासिक भईला से पाठकन से पत्रिका जुड़ नईखे हो पावत अउरी जेवन धेय ले के चल रहे ऊ पुरा नईखे हो पावत, एसे ई पत्रिका 13 जनवरी 2015 कऽ दसवाँ अंक से एगो साप्ताहिक ई पत्रिका में बदल गईल जेवन हर मंगर के प्रकासित होले। 2020 से पत्रिका त्रैमासिक हो गइल बे।
राजीव उपाध्याय 
संपादक 
मैना
___________________________________________________________________ 
(पत्रिका में प्रकाशित विचार लेखक लोगन के हऽ अउरी आवश्यक नइखे संपादक मंडल हर से बात से सहमत होखे)

सम्पादन समिति

संपादक: 

कला-संपादक

श्री पंकज तिवारी

संपादन मण्डल

डॉ. अमरेन्द्र पाण्डेय
(सगरी पद, संचालन औरी संपादन अवैतनिक अउरी अव्यवसायिक)

संपादन कार्यालय:- 

बाराबाँध, पोस्ट – रतसड़ 
बलिया उप्र – 277123 
मो -9650214326

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.