माई
सिलबट्टा पर
मरिचा, नून आ लहसुन के
चटनी पिसत
समुझवली-
बाबू हो!
अलग-अलग बा ए तीनू के स्वाद,
आपन रूप, आपन रंग,
आपन गुन, आपन बुनियाद।
खाली मरिचा खा- हर हर माहुर,
खाली नून खा- जीभिए जरा दी,
खाली लहसुन- अपनी गंध से बेइज्जत करा दी।
कवनो एगो के
अकेले
एगो सीमा से जिआदे खा नइखS सकत।
खा लS
त पचा नइखS सकत।
लेकिन-
तीनू एक में मिलि के
अलगे
आ
अजबे स्वाद बना देलें।
एतना चटकार
कि
एक रोटी जिआदे खा लिहल जा।
अइसहीं-
तीत, मीठ, नमकीन, खटाह, कसइला
सबके
मिलवले रहिहS,
जोगवले रहिहS।
---------------------------------
प्रधान सम्पादक, सिरिजन, भोजपुरी पत्रिका।
मुसेहरी बाजार, गोपालगंज, बिहार।
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें