जियरा
धक-धक
धड़क रहल बा
फर-फर
अंखियां
फरक रहल बा
देख-देख के दिन दशा
मन होखत बा बेचैन
मन बाटे बेचैन।
आसमान
झुकत बा जइसे
लागत बा
मनवा के अइसे
धरती बिया बदलत करवट
कांप रहल बा चैन
मन बाटे बेचैन।
केतना-केतना
बेर पुकारीं
कब ले
मन के रखीं केवाड़ी
खोल के सजना तुहें बताव
काटीं कइसे दिन रैन
मन बाटे बेचैन।
जिनिगी
चौखट पर खड़ियाइल
मउअत के, बाटे मुरझाइल
अइसे कइसे जीवन बीती
गोपाल अश्क
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें