भारी भरम बा - देवेन्द्र कुमार राय

आगे जाईं कि पिछे लखात नइखे,
चुपे रहीं कि बोली बुझात नइखे।

जमते जमतुआ जुगजितना भइल,
हमरा जोडी़ के केहू भेंटात नइखे।

जे बइठल बा उहे घवाहिल भइल,
चोट लगलो प हमरा दुखात नइखे।

डेग जसहीं बढ़ाईंं थथम जाअइला,
राय केहू के चेहरा सोहात नइखे।
------------------

लेखक परिचयः
जमुआँव, पीरो, भोजपुर, बिहार

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.