इहाँ हर केहू, हर बात के, छुपावत बाटे
कहाँ खोलिके केहू कुछ बतावत बाटे।
इहवाँ केहू ना, प्रीत के मरम समझत बा
सभे हंसिके इहवाँ उधुवाँ उठावत बाटे।
ई देहिं एक दिन सबकर माटी हो जाई
सभे जानत बा तबो रोज सजावत बाटे।
जिनिगी तऽ एगो खेल हऽ, सरकस हऽ
उपर उ बा केहू जे सबके नचावत बाटे।
'आनन्द' के दिल आज भी चोटाइल बा
तबो देखऽ,हंसिं के ग़ज़ल सुनावत बाटे।
------------------

संक्षिप्त परिचय:-
नाम - संदीप राज़ आनन्द
सम्प्रति- छात्र,इलाहाबाद विश्वविद्यालय प्रयागराज
मूल पता - कुशीनगर उत्तरप्रदेश
संपर्क सूत्र- 7054696346
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें