आजकल दिन बेरुखा बा धूप बोझिल अनमनी।
साँस के आवारगी में चिंतना के रहजनी।
पेड़ के छाँही सकोचल धूँध अइसन बढ़ रहल।
आँखि के पुतरी प चिनगी ओठ पर बा चुनचुनी।
जे जहाँ अफलातुने बा ना जवो भर कम केहू
झूर धइ चलले तलासत बेअरथ ठानाठुनी।
साफ कपड़ा मन कदोरा छंदफंदा अनगिनित।
साध के चोला लपेटे चोर के गोपीचनी।
अर्थजुग बा सोच तक बाजार के कब्जा भइल
झूठ के आलेख पर ढारल सचाई के पनी।
ऐन गरनी के मुहाने ध्यान में बक ठाढ़ बा।
मूढ़ फरहा के कहे के 'जनि उछर ओने दनी'।
बात तऽ बहुते रहे कहलो जरूरी बा मगर।
के अनेरे मोल लेवे बानरन से अनबनी।
-----------------

लेखक परिचय:-
नाम - दिनेश पाण्डेय
जन्म तिथि - १५.१०.१९६२
शिक्षा - स्नातकोत्तर
संप्रति - बिहार सचिवालय सेवा
पता - आ. सं. १००/४००, रोड नं. २, राजवंशीनगर, पटना, ८०००२३
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें