जहाँ मेढ़िये खेतवा चरि जाला - मैनावती देवी श्रीवास्तव "मैना"

जहाँ मेढ़िये खेतवा चरि जाला
का करिहें भइया रखवाला।

जहाँ नदिये पानी पी जाई,
जहाँ फेड़वे फलवा खा जाई,
जहवाँ माली गजरा पहिरे
ऊ फूल के बाग उजरि जाला। 
जहाँ मेढ़िये खेतवा चरि जाला।

जहाँ गगन पिये बरखा पानी,
धरती निगले सोना-चानी,
जहवाँ भाई-भाई झगड़े
उहवें सब बात बिगड़ि जाला। 
जहाँ मेढ़िये खेतवा चरि जाला।
-------------
मैनावती देवी श्रीवास्तव "मैना"



कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.