आइल नया साल बा
कइसे कमाई खाई बड़ी बुरा हाल बाकेकरा खातिर ई आइल नया साल बा।
ओसही जिनिगिया के सपना बा टूटल
जारी बा सँचइया के मुड़िया के कूटल।
धरती बेहाल बा किसान फटेहाल बा
हतेया करत नेतवा त मालोमाल बा।
मेहनत पसेनवा रोवत बाटे भूखल
सगरो अन्हरिया में फूलवा बा सूखल।
रोटिया खोजत बा बबुअवा कबाड़ में
थर-थर काँपेला गरीबवा ए जाड़ में।
रोजी रोजगार बिना भटके नवहिया
घर वा बेगाना भइल सूखि गइल देहिया।
कइसे बुझाता कि आइल नया साल बा
जेने देखीं तेने सभकर बूरा हाल बा।
-------------------------
का ए बकुला
का ए बकुलाकब ले आपन
असली रूप छिपइबऽ
किसिम किसिम के भेख बना के
मछरिन के भरमइबऽ
का ए बकुला!
बड़े दिनन से
दह में आपन
पाँव जमवले बाड़ऽ
राम नाम के चद्दर ओढ़ले
जाम उड़वले बाड़ऽ
कब ले धोखा देबऽ बोलऽ
कब ले भेद ब इबऽ
का ए बकुला!
धरमात्मा के खोल
ओढ़ि के
चलेलऽ धीरे धीरे
पलखत पावते
लीलेलऽ मछरी
गंग जमुन के तीरे
घड़ियाली लोर वा से कब ले
मछरिन के भरमइबऽ
का ए बकुला!
घोंघा, सितुहा, गिन ई, पोठिया
खालऽ, बनेलऽ हंस
मछरिन के
बचवन के हति के
अरे कसाई कंस
मगरमछन से
कब ले बोलऽ
मछरिन के हरवइबऽ
का ए बकुला!
ऊजर बग बग पाँखि
टाँग बा लमहर
लमहर चोंच
जब ले दह में
पाँव जमवलऽ
दीहलऽ सभ के नोच
करम, कुकरम कके कबले
बगुला भगत कहइबऽ
का ए बकुला!
मगरमछन, कछुअन,घड़ियारन
के अँगुरी पर नाचेलऽ
काँपेलऽ
सोंसन से थर थर
ओकरे धन बल बाँचेलऽ
कबले कहर
गिरइबऽ बोलऽ
कब ले नाच नचइबऽ
का ए बकुला!
धनुही संग
निकलिहें लरिका
नियराइल बा घरी
सभ मिलि तोहके
सबक सिखाई
तोहरो टाँग पक अड़ी
फाटी पेट कँहरबऽ काका
टूटी टाँग चिलइबऽ चाचा
आ सुरधामे जइबऽ
का ए बकुला!
-------------------------
देवरू के सँगवा
महुआ बीनन नाहीं जा इब ए रामा / देवरू के सँगवापीयवा के गाँव ही बोलाइब ए रामा / देवरू के सँगवा
कुछ महुआ बीने देवरा कुछ देखे छतिया
हँसि हँसि करे हमरा से हरदम बतिया
महुआ में अगिया लगाइब ए रामा / देवरू के सँगवा ............।
पुरवाई बहेले सिहरि जाला देहिया
पियवा निदरदी से जुड़ि जाला नेहिया
आधे पेट भले हम खाइब ए रामा / देवरू के सँगवा .............।
पापी पेट दिहलस पिया के बियोगवा
राजावा के लागल खाली बोलहीं के रोगवा
उनुको के सबक सिखाइब ए रामा / देवरू के सँगवा .............।
कांटक रहित गँउवें में कारखानावा
इहँवे कम इतें लागित सभके मनवा
मीलि जुलि सभके बताइब ए रामा / देवरू के सँगवा .....................।
-------------------------
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें