मिर्जा खोंच के नौ गो कविता

ससुरारी के बतिया

ससुरारी के बतिया पर तू
अगराइल बाड़ा काहे हो?
महतारी बपसी से एतना
अझुराइल बाड काहे हो?

हम पहिले कहले रहनी कि
महंगाई बाटे दू गो बस!
आधा दर्जन के भइला पर
छितराइल बाड़ा काहे हो

ना भाषन में कवनो दम बा
चमचा जी के आमद कम बा
अब राजनीति से बबुआ हो
अगुताइल बाड़ा काहे हो

अब चढ़ल बुढौती तोहरा पर
अब ताकल झाँकल बंद करा
नैनन के तीरन में अब ले
अझुराइल बाड़ा काहे हो

जे हाय हेंडसम कहत रहे
उ आज कहे मिर्जा अंकल
ई बतिया पर तू ओकरा से
खिसीआइल बाड़ा काहे हो
---------------------------------

कौनो गारन्टी बा का

केकरा से नैना लड़ी, कौनो गारन्टी बा का।
केतना ऊपर से पड़ी, कौनो गारन्टी बा का।।

ई हऽ सम्मेलन कवि के, दउड़ के मत जा उहाँ।
चाए बिस्कुट हर घड़ी, कौनो गारन्टी बा का।।

ऊ हऽ नेता कइसे कह दीं, साँच बोली हर घड़ी।
ना करी धोखाधड़ी, कौनो गारन्टी बा का।।

खूब बा ससुराल पइसा वाला बाकिर यार जी।
तोहरा पर पइसा झड़ी, कौनो गारन्टी बा का।।

बाटे ऊ नीमन पड़ोसी बाकिर ऊ हमरा खेलाफ।
एगो दूगो ना जड़ी, कौनो गारन्टी बा का।।

करजा दे वे के ई आदत कइसे कह दीं ना करी।
खोंच के खटिया खड़ी, कौनो गारन्टी बा का।।
---------------------------------

मोल

आपन बड़ाई हर घरी, हरदम बड़का बोल
तब जाके ए दुनिया में लागी तोहर मोल।

रातो दिन पढ़ते रहल, बाकिर भइल ना पास
भइल पैरवी तब जाके, जागल ओकर भाग।

लुट के इहवाँ छुट बा, लूट सके त लूट
तब जाके भगवन के, मार तनी सैलूट।

खोंच मियां ऊ मर गइल, मांगे जे सरमाय
ओकर जीवन सफल भइल, जे मांग मांग के खाय।

माई के पहिले सास के, रोजे करीं सलाम
उनका बेटी के चलते भइनी हम त गुलाम।

भाई के धन मार, जे केहू भी खाई
खोंच मियां के दावा बा, सीधे सरग उ जाई।
---------------------------------

आइ हो दादा

बाटे किसमत में होल, आइ हो दादा
बेटवा निकलल बकलोल, आइ हो दादा।

हो जाई गेना बैक, उ का जानत रहले
अपने में होखी गोल, आइ हो दादा।

किनते किनते में जे एगो सरका लेलीं
उ अंडा निकलल , घोल आइ हो दादा।

हम परवल (पटर) के लत्ती रोपले रहनी जहवां
उहवें निकलल तिरकोल, आइ हो दादा।

सासन के कुरसी हिलते जाता बबुआ हो
खुलते जाता अब पोल, आइ हो दादा।

आज के बेटवा बाप से पहिले अपना के
बतलावेला बे मोल, आइ हो दादा।

हम प्यार के उनका कुकुर से का कटवइनी
बाजत बा ओकर ढोल, आइ हो दादा।

बन्दुक बिकाइल बाबा के , घर में बाकिर
सोभेला अब ले खोल, आइ हो दादा।

सभ लोग सराहे गीत ग़ज़ल मिर्जा जी
पत्नी के लउके झोल आइ हो दादा।
---------------------------------

बियाह मत करि हऽ

आपन जिनगी तबाह मत करि हऽ।
प्यार करि हऽ बियाह मत करि हऽ॥

आदमी से तू नेता बन जई बऽ।
राजनीति के चाह मत करि हऽ॥

ऊ कमाएले आ त खाए लऽ।
मौगी मारे तऽ आह मत करि हऽ॥

ऊ सरापे तऽ तोहरा पड़ जाए।
अइसन भारी गुनाह मत करि हऽ॥

मित्र तोहर पढ़े कविता तऽ।

निमनो लागे तऽ वाह मत करि हऽ॥

के हू आगे बढ़े जे तोहरा से।
सुन लऽ ओकरा से ड़ाह मत करि हऽ॥

उहाँ फैसन के खेल बा मिर्जा।
ओने आपन निगाह मत करि हऽ॥
---------------------------------

उधार

खूब ले के ढे़कार खाइले।
ढ़ेर जगे हम उधार खाइले।।

एगो मरदाना तू हे नइ खऽ जी।
हमहूँ बेलना से मार खाइले।।

हम जे खानी ऊ घूस ना लगे।
सेब, केला, अनार खाइले।।

खूब होखेला चटपटा कविता।
जब कभो हम अचार खाइले।।

खानी जब दूसरा के मूड़ी पर।
एगो के पूछे चार खाइले।।

बात बा माल ले खपावे के।
कहवाँ मिर्जा से पार पाइले।।
---------------------------------

मज़ा खाए पकाए में बा

परेसानी बस आये जाये में बा
मजा समधियाना में खाए में बा

जे साथे रहल काल्हू ले तलवार के
उहे आज गाए बजाए में बा

ना बनला में अपना बा कुछ फायदा
जे यारन के मुरगा बनाए में बा

ले लेनी हँ करजा उ लउटाईं का?
मज़ा ओकरा ले के पचाए में बा

का लेवे- देवे के बा ओकरा साहित्य से
हँ " खोंच"मज़ा खाए पकाए में बा
---------------------------------

इतराइल बा

उ ओतने में इतराइल बा
पीएच-डी कर के आइल बा

हम साँच बात जे कह देनी
ऊ हमरा से खिसिआइल बा

भऊजइया चपत लगइलस का
मुहवाँ काहे मुरझाइल बा

बन भइल कमीसन जे दिन से
मन ओ दिन से मरुआइल बा

पत्नी भागल, भागल बाकिर
ऊ अपने कहाँ लुकाइल बा

जे जेतना में बाते मिर्जा
ऊ ओतने में अझुरालाइल बा
---------------------------------

उहे करजा बाँटेला

जेकरा पइसा काटेला
उहे करजा बाँटेला।

उ नेता ह ओकर का?
थुकेला आ चाटेला।

दीवाना ह औरी का
दुःख खाई पाटेला।

बड़का गलती कर कर के
अनका मुड़ी साटेला।

उनकर कविता सुन सुन के
आपन करेजा फाटेला।

"मिर्जा" महतारी के पाछा
दुःख के रहिया काटेला।
---------------------------------


कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.