पराये ना नयन में घूस जाला आदमी - विद्या शंकर विद्यार्थी

पराये ना नयन में घूस जाला आदमी
तनी तनी बात प रूस जाला आदमी।

दर्द एहू मतिन देला केहू खास होके
हँसी जिनिगी के चूस जाला आदमी।

बात सुनाई दिही कहाँ ओके कान में
रूई जे भरपूर ऊ ठूस जाला आदमी।

पीर पसरे के अउर कारन बा बड़हन
धीरज धराई कहाँ हुस जाला आदमी।

छछने के दास्तान नैन से मत ल विद्या
सनेह पर लगा अंकुश जाला आदमी।
----------------------------
लेखक परिचयः
नाम: विद्या शंकर विद्यार्थी
C/o डॉ नंद किशोर तिवारी
निराला साहित्य मंदिर बिजली शहीद
सासाराम जिला रोहतास (सासाराम )
बिहार - 221115
मो. न.: 7488674912

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.