तीर बेधत निकलिये गइल - जवाहर लाल 'बेकस'

तीर बेधत निकलिये गइल,
जान अखडे़रे चलिये गइल।

आग ले दोस्ती का भइल,
घर फतिंगन के जरिये गइल।

आदमी, आदमी न रहल,
लोग अतना बदलिये गइल।

पी के गिरला ले का फायदा,
जब कि गिर के सम्हलिये गइल।

एह दुनिया के कोरहाग में,
जे भी आइल ऊ चलिये गइल।

ओह गजल के बसल इयाद में,
उम्र बेकस के ढलिये गइल।
---------------------------
जवाहर लाल 'बेकस'

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.