पीरे ऊपर पीर बा बोआइल
अँखिया के नीर ना ओराइल।
चहकल चिरइया गोदिया के छिनलस
माई के ममतवा ना दुधवा के चिन्हलस
सुती गइल बबुआ बोखराइलऽ अँखिया।
बीरो ना बेरामी हरलस अगिया बुतवलस
कौनो साल ना असो अस सरधा सुखवलस
मरलस ना तीर ना चोखाइलऽ अँखिया।
वोटवे के बेजी केहू चाची कहे आवेला
माटी के इयाद देला माटी के बतावेला
हमार कबरल पौधा सोराइल। अँखिया।
बहुते बिहार के मतारी अँसुआ पोछली
उमड़ल वेदनवा में अपना के गोतली
चोटे ऊपर चोट बा बोझाइल अँखिया।
---------------------------------------
अँखिया के नीर ना ओराइल।
चहकल चिरइया गोदिया के छिनलस
माई के ममतवा ना दुधवा के चिन्हलस
सुती गइल बबुआ बोखराइलऽ अँखिया।
बीरो ना बेरामी हरलस अगिया बुतवलस
कौनो साल ना असो अस सरधा सुखवलस
मरलस ना तीर ना चोखाइलऽ अँखिया।
वोटवे के बेजी केहू चाची कहे आवेला
माटी के इयाद देला माटी के बतावेला
हमार कबरल पौधा सोराइल। अँखिया।
बहुते बिहार के मतारी अँसुआ पोछली
उमड़ल वेदनवा में अपना के गोतली
चोटे ऊपर चोट बा बोझाइल अँखिया।
---------------------------------------
लेखक परिचयः
नाम: विद्या शंकर विद्यार्थी
C/o डॉ नंद किशोर तिवारी
निराला साहित्य मंदिर बिजली शहीद
सासाराम जिला रोहतास (सासाराम )
बिहार - 221115
मो. न.: 7488674912
नाम: विद्या शंकर विद्यार्थी
C/o डॉ नंद किशोर तिवारी
निराला साहित्य मंदिर बिजली शहीद
सासाराम जिला रोहतास (सासाराम )
बिहार - 221115
मो. न.: 7488674912
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें