जिंदगी - तारकेश्वर मिश्र 'राही '

दिया के अजोर ह ई जिंदगी।
नदी के तरंग ह कि खेल के पतंग ह।
कि मेला के शोर ह ई जिंदगी।

चार दिशा गन्ध उठे फूल क पराग ह,
कि सावन में भरल पुरल बेइला के बाग ह,
नैना के नीर ह कि चुकी गईल तीर ह,
कि नदी के हिलोर ह ई जिंदगी?

रात दिन की खम्भा पर खड़ा शामियाना,
कि तुलसी की माला के इनल गिनल दाना,
पूजा के थार ह की वीडा के तार ह,
कि हवा के झकोर ह ई जिंदगी?

जहाँ तहा उड़त फिरे धरती के धूल ह,
कि छुअते लजाई गईल छुई मुई फूल ह,
दियना के तेल ह कि पुतरी के खेल ह,
कि आग के ढिढोर ह ई जिंदगी।
--------------------------------------
तारकेश्वर मिश्र 'राही'तारकेश्वर मिश्र 'राही'

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.