खेत बारी बट जाई - तारकेश्वर मिश्र 'राही'

आदमी के सतावला से का फायेदा
दिल प पत्थर चलवला से का फायेदा
नेह अंगना गेडाईल बटाईल हिया
त भीती अईसन उठवला से का फायेदा

खेत बारी बट जाई
अरे अंगना दुवारवा, पाई पाई विरना
हो कईसे भाई के सनेहिया बाटल जाई विरना
कईसे भाई के सनेहिया बाटल जाई विरना

एके रहल बाप एके रहली महतारी
तीन गो फुलईले फुल एके फुलवारी
अबही गवाह बाटे पढे वाला झोरा
चन्दा मामा औरी दुध भात के कटोरा
गंवुवा के लोग आ के बखरा लगाई, फरिआई विरना
हो बोला बांटी के हमार परछाई विरना
हो बोला बांटी के हमार परछाई विरना

हमरा के चाही ना कमाई के रुपईया
बाबु कहब केकरा कहबs तु भईया
राम आ भरत के मिलाप जब होई
कसकी करेजा मन मने मन रोई
पीछे पीछे लोग सब इहे बतियाई, गरियाई विरना
हो गईले बाबु के बेटउवा अलगाई विरना
हो गईले बाबु के बेटउवा अलगाई विरना

तोहरा घरे पुडी पकवान जईहा पाकी
कोना जाके बचवा हमार कवनो झांकी
आके अपना दुख के कहानी जब बांची
हमरा के कुछु नाही दिहली हो चाची
ओने पकवान एने लईकन के रोवाई, ना सहाई विरना
हो तोहरा पुआ पकवान ना घोटाई विरना
हो तोहरा पुआ पकवान ना घोटाई विरना

हमरा तोहरा बेटी के बरात जईहा आई
तु देबs स्कुटर हमरा कुछु ना दियाई
बेटी तोहार जईहे जीप चाहे कार से
बेटी हमार पैदल चाहे डोलिया कहार से
एगो आंख हसी एगो आंसु बरसाई, ना सहाई विरना
हो तहिया कईसन लागी बेटी के विदाई विरना
हो तहिया कईसन लागी बेटी के विदाई विरना

सोच तनी हमरा के का कही जमाना
हसी हसी चुन्नु पाण्डेय मारे लगिहे ताना
चार दिन के संग बा मचावs जनि तबाही
दुनिया हो राग रविन्दर लोग हवन राही
फेरु नाही आई केहु देखे ई कमाई, हउवे काई विरना
हो कईसे माई के अंचरवा बाटल जाई विरना
हो कईसे माई के अंचरवा बाटल जाई विरना
खेत बारी बट जाई
अरे अंगना दुवारवा , पाई पाई विरना
हो कईसे भाई के सनेहिया बाटल जाई विरना
--------------------------------------
तारकेश्वर मिश्र 'राही'तारकेश्वर मिश्र 'राही'

2 टिप्‍पणियां:

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.