घट गइल बा - मिर्जा खोंच

हमार बैंक बैलेंस घट गइल बा
कनेकसन सब जगह से कट गइल बा।

ई इसकूटर, फिरीज, रंगीन टी.वी
बड़ा सस्ता में लइका पट गइल बा।

बनी अब एकता के खीर कइसे
नेह के दूध तनका फट गइल बा।

मिली ओकर इहाँ पूड़ी जलेबी
जे सच्चाई से तनिका हट गइल बा।

उहे पक्का कवि हमरा बुझाला
जे सम्मेलन के आगे डट गइल बा।

तनी देखीं तऽ आई लभ यू के गाना
इहाँ के बच्चा-बच्चा रट गइल बा।

मिलल तनिको ना ओकरा जे बा पीड़ित
खबर बा माल सारा बँट गइल बा।

उहे पक्का मरद बाटे, ए ‘मिरजा’
जे ससुरारी में आके डट गइल बा।
---------------------------------

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.