कहाँ केहू से भला लवटावल गइल बा! - डॉ प्रमोद कुमार पुरी

जवन बीत गइल जिनगी में
कहाँ  केहू से भला
लवटावल गइल बा!

खुदही के खुद से एह जग में
कहाँ केहू से दियना
देखावल गइल बा!

जरत झोपड़ी के खोरेला सभे
कहाँ -केहू से अगिया
बुतावल गइल बा!

घुमेला दुनियां लेके मनवा में ईर्ष्या
कहाँ - घर केहू के
बसावल गइल बा!

मिले जदि मौका त बिगड़ल बना ल
कहाँ -प्रेम में दिल अब
बिछावल गइल बा!

मनमौजी डेगे डेग सम्हरि के चलिहअ
जाने कहाँ -कहाँ गड़हा
खोनावल गइल बा!!
---------------------------------

लेखक परिचय:-

नाम: डॉ प्रमोद कुमार पुरी
पता: स्नेहा हेल्थ एंड एजुकेशनल ट्रस्ट, म0 नं0 67 बी 1
डॉ आंबेडकर कॉलोनी, बिजवासन , नई दिल्ली-110061
जनम थान: गाँव - नसीरा मठिया , पोस्ट - कोहड़ा बाज़ार
थाना - दाऊदपुर, छपरा - 841205
जनम दिन : 28 जनवरी 1981
कार्य: चेयरमैन (स्नेहा हेल्थ एंड एजुकेशनल ट्रस्ट ) नई दिल्ली,
चिकत्सक (ममता क्लीनिक)
दूरभाष :- 93137 43740
अंक - 113 (03 जनवरी 2017)

1 टिप्पणी:

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.