आग लागल ;
बच सके जे कुछ बचावल जाव घर में ।
मेज पर चश्मा
कलम टोपी घड़ी बा,
आज कोना में पड़ल
सोचत छड़ी बा,
थेघ देहलीं थाह हम अपना समय के;
हो गइल बेकार बानीं एह उमर में ।
दियरखा कs बगल में
ऐना टंगल बा,
भइल अब आन्हर
इ आपन भागफल बा,
दाग चेहरा पर लहू कs उभर आइल;
तन गइल तलवार अपना अंश-हर में।
जर रहल गीता
जरत कुरआन बाटे,
जर रहल सँइचल
सकल सामान बाटे,
बन्द बा पिंजरा तनी खोलs झपट के;
मर रहल बा नेह कs सुगना लवर में।
मर्सिया फिर लोग
काहें गा रहल बा,
ई चिराइन धुआँ
काहें छा रहल बा,
डार पर बइठल कबूतर सोच में बा;
फूल ना लागल असो एह गुलमोहर में।
-------------------------------------
अक्षय कुमार पांडेय
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें