बकरा जे कटवइबऽ तूँ - आकाश महेशपुरी

हमरा से बोलीँ समधी जी गलती कवन भइल
जवना कारन कइले बानी रउवा मनवा मइल

कहलेँ समधी सुन लीँ कवनो बात न बाटे खास
मास खिआवे के कहनी बनववले बानी घास

येही से कुछ मांसाहारी लोग बाटे गुरनात
बात भइल तऽ बात निभइतीँ काहेँ कइनीँ घात?

साँच कहीले रउवा बाटे सगरी दोष हमार
बकरा तऽ हम येही खातिर बन्हले रहनी चार

बाकिर बेटी जवन रउवा घर के बनी सिँगार
बतिए अइसन कहलसि गइनी हम ओकरा से हार

कहलसि हे बाबूजी सुन लऽ बकरा जे कटवइबऽ तूँ
धरम बिआह मेँ अधरम कऽ के हमरे भागि जरइबऽ तूँ

श्लोक येने पढ़ल जाई ओने मास खिअइबऽ तूँ
देवता लो का आई येइजा उल्टे पाँव भगइबऽ तूँ

जवना अच्छत से दुवारि के बाबूजी पुजवइबऽ तूँ
ओही अन्न देव के कइसे मासे मेँ सनवइबऽ तूँ

शुभ विवाह लिखववले बाड़ऽ अउरी कतल करइबऽ तूँ
मरल मुँह कइसन लागेला हमके तनी बतइबऽ तूँ

येतनो कहला पर सुन लऽ जे मास अगर बनवइबऽ तूँ
ये ससुरारी जाइबि ना हम ओ ससुरा पहुँचइबऽ तूँ

सुनले बाति समधि के बेटहा लोर झोर हो के कहलेँ
अइसन मिलति पतोहि बा धन्य भागि प्रभु जी दिहलेँ
--------------------------------------

लेखक परिचय:-

नाम: वकील कुशवाहा उर्फ आकाश महेशपुरी
जन्म तिथि: २०-०४-१९८०
 पुस्तक 'सब रोटी का खेल' प्रकाशित 
विभिन्न पत्र पत्रिकाओं में रचनाएं प्रकाशित 
कवि सम्मेलन व विभिन्न संस्थाओं द्वारा सम्मान पत्र
आकाशवाणी से कविता पाठ
बेवसाय: शिक्षक
पता: ग्राम- महेशपुर, 
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर, 
उत्तर प्रदेश
मो नं: 9919080399
अंक - 45 (15 सितम्बर 2015)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.