माटी साहित्य सम्मान - 2015 कऽ घोषणा
28 अगस्त 2015 के माटी साहित्य सम्मान खाती दसगो रचनाकारन कऽ रचनन के चयनित कइल गइल रहल। जेवना में आठ गो कबिता, एगो कहानी अउरी एगो व्यंग्य सामिल रहल। सगरी रचना बढिया रहलिस बाकिर दसगो में से केवनो एगो रचनाकार अउरी ओकर एगो रचना के चयन करे के रहल। कठिन काम रहल निर्णायक मंडल खातिर केवनो एगो रचना के चयन कइल बाकिर निर्णयक मंडल अपना निरनय पर पहुँचल अउरी एगो रचना के एह सम्मान खातिर चुनलस। ऊ रचना डॉ उमेशजी ओझा के लिखल कहानी भेड़िया हऽ।

28 अगस्त 2015, दिल्ली
माटी साहित्य सम्मान - 2015 से सम्मानित रचनाकार कऽ परिचय

रचना: भेड़िया
नाम: डॉ उमेशजी ओझा
शिक्षा: वाणिज्य स्नातकोतर, बी.एच.एम.एस., पत्रकारिता में डिप्लोमा
संप्रति: १९९० से पत्रकारिता अउरी झारखण्ड सरकार में कार्यरत
साहित्य सिरजना: 100 गो से अधिका कहानी अउरी लेख परकासित
भाखा: भोजपुरी अउरी हिन्दी
पुरस्कार: माटी साहित्य सम्मान अउरी वीर विक्रांत पुरस्कार,
51वाँ राष्ट्रीय युवा महोत्सव में पुरस्कृत
पिता: स्व. रामेश्वर ओझा (एक्स-पुलिस निरीक्षक)
माता: पार्वती देवी
पत्नी: श्रीमती गीता ओझा
परिवार: एगो बेटा, एगो बेटी, पाँचगो भाई अउरी एगो बहिन
स्थायी पता: ग्राम+पोस्ट– ओझा के सेमरिया, थाना– शाहपुर, जिला-भोजपुर, आरा, बिहार
वर्तमान पता: 39, डिमना बस्ती, डिमना रोड, मानगो, जमशेदपुर- 831018 झारखण्ड
मोबाइल नं: 09431347437
साभार
त्रयंबक नाथ त्रिपाठी
अध्यक्ष
निर्णायक मंडल, माटी साहित्य सम्मान - 2015 28 अगस्त 2015, दिल्ली
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें