कविता में हम छींकब सगरो कविता में हम खोंखब
लाग रहल बा तब जाके हमहूँ सम्मानित होखब।
हम का जानी साहित्य ह का, का होखेला ई भाषा
बाकिर जे लिख के देदेना उ बन जाला परिभाषा।
इन कर उनकर माल खपा के जब अपना के जोखब
लाग रहल बा तब जाके हमहूँ सम्मानित होखब।
धरम के नाम पर दंगा बा, भगवन ई अउरो होखे
एहि में नेता बन जाएब काहे जाईं रोके।
जेतना खून बही उहवाँ अपना कुरता में सोखब
लाग रहल बा तब जाके हमहूँ सम्मानित होखब।
--------------------------------
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें