हम त जाते बानी खेत पऽ
रउवा काहे पेरात बानी?
उहंवाँ एगो परी बिया
देखी के मुसुकियाई
राउर जी भर आई।
अईसन रात एको बाकी नईखे
जेकरा सोझा
केकरो के ना भाईल।
सात समनदर पार बिया अब
ना भेंटाई
कविता के पूर्जा प कबो कबो आई।
-----------------
नाम: अरुण शीतांश
जन्म: ०२.११.'७२
शिक्षा: एम. ए. ( भूगोल औरी हिन्दी में) एम लिब सांईस पी एच डी .एल एल. बी.
प्रकाशन: दूगो कविता संग्रह, एगो आलोचना क किताब
संपादन: देशज नाँव क हिन्दी पत्रिका क संपादन, पंचदीप किताब क संपादन
कईगो भाखन में कबितन के अनुबाद
संप्रति: नौकरी
संपर्क: मणि भवन, संकट मोचन नगर, आरा ८०२३०१
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें