देश भइल निहाल - दिलीप कुमार पाण्डेय

देश भइल निहाल देश भइल निहाल,
कइलें कमाल बलमुआ॥

मिग से खेदलें एफ सोलह के,
दागते गोला लागल उ लहके।
गलल नाहीं दुश्मन के दाल हो
गलल नाहीं दुश्मन के दाल हो।
कइलें कमाल बलमुआ॥

भारत के पगड़ी ऊपर कइलें,
शान से घरे शत्रु का समइलें।
बाँका नाहीं भइल तबो बाल हो
बाँका नाहीं भइल तबो बाल हो।
कइलें कमाल बलमुआ॥

बाला कोट में, मिराज जब गरजल,
तड़पल मूदई, पानी ला तरसल।
ढ़ेरे जाना भइलें हलाल हो
ढ़ेरे जाना भइलें हलाल हो।
कइलें कमाल बलमुआ॥
-------------------------------------------
लेखक परिचय:-
नाम - दिलीप कुमार पाण्डेय
बेवसाय: विज्ञान शिक्षक
पता: सैखोवाघाट, तिनसुकिया, असम
मूल निवासी -अगौथर, मढौडा ,सारण।
मो नं: 9707096238

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.