पहिली तारीख - प्रभाकर पांडेय

रातिभर दुनु परानी सुति ना पउवींजा। करवट बदलत अउर एन्ने-ओन्ने के बाति करत कब बिहान हो गउए पते ना चलुवे। सबेरे उठते मलिकाइन चाय बना के ले उअवी अउर कहुवी की जल्दी से तइयार होके आफिस चलि जाईं। हम कहुँवी की अरे आफिस त 9 बजे खुली, अबे साते बजे आफिस जाके का करबि। गेटे पर बइठि के माछी मारबि का?

हमार इ बाति सुनि के मलिकाइन कहली की रउरों कुछु बुझाला ना। आरे आजु पहिली तारीख ह नु जी। अबेर क के जाइबि त पता ना तनखाह मिली की ना। हम कहनीं की अबेर से जाईं जाहें सबेर से तनखाह त मिलबे करी। हमरी एतना कहते मलिकाइन खुस हो गइली अउर कहली त तनि आफिस से आजु जल्दिए लवटबि अउर हमरा खातिर एगो झुल्ला ले ले आइबि। महीनन से हमार झुल्ला फाटि गइल बा अउर लइकवो उघाड़े घुमता। अउर हाँ आवत साथे दुकानदारे के हिसाब-किताब कइले आइबि। दु महीना से उनकर हिसाब नइखे दिआइल।

अबहिन मलिकाइन एतना कहते बारी तवलेकहिं माइयो खाँसत चलि आइल अउर कहलसि की बाबू पइसा बँची त तनि खाँसी के दवाई ले ले अइहS। खाँसत-खाँसत लागता की परान निकलि जाई।

नहा-धोके हनुमानजी के अगरबत्ती देखवले की बाद हम आफिस खातिर निकलनी। अबहिन दुआरी की ज्यों बाहर अइनी तवलेकहीं मकान-मालिको भेंटा गइने। हमके देखते मकान-मालिक कहि बइठने की मुकुरधुनलाल ए महीना में किराया बढ़ा के दिहS नाहीं त दुसर रुम खोजि लिहS। हम कुछ किराया बढ़ावल सँकारि के आफिस की ओर चलि देहनी।

आफिस में पहुँचि के हम आपन तनखाह लेबे खातिर बड़े बाबू की लगे गइनी त बड़े बाबू हमके एगो लिफाफा पकड़ा देहने अउर एगो कागज पर साइन करा लेहने। जब हम लिफाफा खोलनी त ओमे 6 हजार 5 सौ 45 रुपया रहे। रूपया के बार-बार गिनले की बाद हम बड़ेबाबू से पुछनि की बड़ेबाबू ए बेरी त तनखाह जेतना मिले के चाहीं ओसे 3 हजार कमे बा। पिछला महीना में त हम बहुत ओटिओ-सोटी कइले रहनीं। बड़ेबाबू हँसने अउर कहने की मुकुरधुनलाल पिछला महीना में अपनी लइकी के सादी खातिर जवन तूँ पचास हजार रूपया के कर्ज खातिर आवेदन कइले रहलS उ पास हो गइल बा अउर एक-दू दिन में मिल जाई पर हाँ एही महीना से ओ कर्ज के भरे खातिर दु-दु हजार रुपया हर महीना तहरी तनखाह से कटल सुरु हो गइल बा। अउर हाँ पिछला महीना में जवन तूँ 1 हजार रूपया हमसे उधार लेले रहलS अपनी लइका के दवाई खातिर हम उहो काटि ले ले बानी।

खैर पइसा भरल उ लिफाफा ले के हम अपनी सीटे पर जा के बइठि गइनी अउर अपनी पाकिट में से कुछ पुरजा निकलनी। एगो पुरजा में लइकिनी की सादी में खरच होखेवाला हिसाब रहे जवने में कुल टोटल नीचे 1 लाख 35 हजार लिखल रहे। ओ पुरजा के निकालि के हम अलगे ध देहनी अउर दुसर पुरजा निकलनी जवने में कुछ और हिसाब-किताब रहे। उहो लगभग 7-8 सौ के खरच रहे। ओ बेरा हमरी दिमागे में बहुत कुछ चलत रहे। हम सोंचत रहनि की दिकिर-सीकिर हमार काम त चलते रहल हS ए पहिली तारीख की अइले बिना कवन आकाज रहल ह।

साझीखान आफिस से निकलले की बाद हम सीधे रासन की दोकानि पर गइनी अउर दुकानदार से कहनि की तोहार हिसाब-किताब हम अगिला महीना पूरा बराबर क देइबि अबहिन तूँ हई तीन हजार रूपया रखि ल। दुकानदार तनि-मनि नाकुर-नुकुर कइले की बाद उ तीन हजार रूपया रखि लेहलसि। फेर हम मकानमालिक से मिली के 2500 रूपया दे देहनि पर मकानमालिक के इ धमकी की अगिला महीना से हमके अगर 3000 ना देबS त दूसर ठौर-ठिकाना खोजि लिहS।

अपनी भागि पर हँसत हम घरे पहुँचनि अउर एक हजार रूपया मलिकाइन की हाथ पर धरते कहनी की तूँ अपना खातिर एगो झुल्ला ले लिह अउर माई खातिर दवाई। अउर हाँ तनि आपन हाथ रोकि के खरच करिहS काहें कि बाकी पइसा में पूरा महीना साग-भाजी, दवा-बिरो के काम चलावे के बा। हमरी एतना कहते मलिकाइन कहलि की का अबहिन लइकवा उघाड़े घुमि। हम कहनी अबहिन ओकर उमिरिए का बा। सातो बरिस त नइखे। हमनीजान त 12 बरिस ले एगो भगई पहिनी के काम चला लेहनीजाँ।

एतना सब कइले-धइले की बाद हम अपनी पाकिट में हाथ डालि के बाकी बँचल 45 रूपया के कस के मुट्ठी में पकड़ि लेहनी अउर सोंचनी..ए में त हम खूब आराम से महीना भरि अपनी चाय-पान के काम चलाइए लेइबि अउर हम फेन से निकालि के ओ पइसा के गिने लगनी, अरे इ का इ त 45गो ना पनरहे गो बा। काफी दिमाग पर जोर देहले की बाद हमार चेहरा खुशी से दमक उठल जब हमरि दिमागे में आइल की आफिस से निकलत समय एगो जरूरतमंद पुरनिया मेहरारू के हम 30 रूपया दे देले रहुवीं जवन हमरी आफिसे की सामने भुजा-भरी के छोट-मोट दोकानि चलाके आपन पेट भरेले।

आज राति हम दुनु परानी फेन से ना सुति पवनी जाँ एही सोंच-विचार में की इ पहिली तारिख त आइल अउर गइल अब अगिलका पहिली तारीख फेनु कब आई।
---------------------------------------------------
प्रभाकर पांडेय लेखक परिचय:-
नाम: प्रभाकर पांडेय
जन्मतिथि- 01.01.1976
जन्मस्थान- गोपालपुर, पथरदेवा, देवरिया (उत्तरप्रदेश)
पिता- स्व. श्री सुरेंद्र पाण्डेय
शिक्षा- एम.ए (हिन्दी), एम. ए. (भाषाविज्ञान)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.