तनी रोवल भी जरूरी बा - नूरैन अंसारी

हरदम हँसत अखियाँ के, तनी रोवल भी जरूरी बा !!
बंजर खेत पे कब्ज़ा खातिर, बोवल भी जरूरी बा !!

खाली आपन सोचेब त, एक दिन हो जाएम अकेला,
अपना संगे बोझ दोसरा के, ढोवल भी जरूरी बा !!

केकरा मन न करेला की , शीशमहल हम खरीदीं,
बाकिर इच्छा के संगे पाकिट आपन, टोवल भी जरूरी बा !!

खाली दोसरे के पय देखेम त, जिनगी पार ना लागी,
अपनों खेत के समय-समय पर सोहल भी जरूरी बा !!

ज़्यादा बड़का बनेम त, एक दिन चित से उतर जाएम,
सबकर प्रेम,स्नेह अपनापन से मन-मोहल भी जरूरी बा !!

"नूरैन" जे काल तक रहें आपन,उ काहे भईल बेगाना,
कबो टाइम मिले त एकरो कारन जोहल भी जरूरी बा !!
----------------------------------------------------
लेखक परिचय:-
नाम: नूरैन अंसारी
नोएडा स्थित सॉफ्टवेयर कंपनी में प्रोजेक्ट मैनेजर
मूल निवास :ग्राम: नवका सेमरा
पोस्ट: सेमरा बाजार
जिला : गोपालगंज (बिहार)
सम्पर्क नम्बर: 9911176564
ईमेल: noorain.ansari@gmail.com

2 टिप्‍पणियां:

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.