तेज दिहलु - डॉ प्रमोद कुमार पुरी

माई
तू हमके
तेज दिहलु
काहे कि हम
एगो लईकी हई
माई.....

कोख में
आवते ही
घर भर संग मिली
गर्भ में मुआवे खाति
तुहूँ तयार हो गईलू ...
माई.....

ए माई
तुहूँ त बेटी हऊ
कईसे हम बोझ हई
देवी जे पुजेलु उहो त बेटी हई
बेटी कहाँ बेटा से कम बाड़ी
माई.....

आजू ना जे बुझबु
हमके जिअते जे मुअईबू
लईकी ना बचिहें दुनियां में
त ए माई ! सुन ना ?
भाई खाति कनिया कहंवा से लिअईबु?
माई.....
  ---------------------------------
लेखक परिचय:- नाम: डॉ प्रमोद कुमार पुरी
पता: स्नेहा हेल्थ एंड एजुकेशनल ट्रस्ट, म0 नं0 67 बी 1
डॉ आंबेडकर कॉलोनी, बिजवासन , नई दिल्ली-110061
जनम थान: गाँव - नसीरा मठिया , पोस्ट - कोहड़ा बाज़ार
थाना - दाऊदपुर, छपरा - 841205
जनम दिन : 28 जनवरी 1981
कार्य: चेयरमैन (स्नेहा हेल्थ एंड एजुकेशनल ट्रस्ट ) नई दिल्ली,
चिकत्सक (ममता क्लीनिक)
दूरभाष :- 93137 43740

कोई टिप्पणी नहीं:

टिप्पणी पोस्ट करें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.