महानगर के शोभा
झुग्गी-झोपड़ी
एगो प्रश्नचिन्ह?
भा विकास के चेहरा पर
एगो चिंता के लकीर
खाली अख़बार के
पढ़ेवाला करेला फिकिर
धनिक लोग के इहाँ
नइखे कोनो जिकिर
धन के धाह से तपत लोग
चानी लेखा चमकत आँखि
सोना के खनखनाहत से गुंजत कान
आ अय्याशी से भरल
तन मन परान
एकरो चाहीं
पैर दबाये वाला / पोंछा मारे वाली
बर्तन मांजे वाली
जूठ काठ उठाये वाला
आ हवस के ठंडा
करे के साधन
रोपया के बल पर
छल पर
त फेर काहे न रही झुग्गी
आखिर बड़का होक के एहसास
इहे त करावे ला
महल के रूतबा बढ़ावे ला
याचक ना रहे त
दानी कौन ?
हँसेला महल
आ झोपड़ी बा मौन
-----------------------------------------------------------------------
झुग्गी-झोपड़ी
एगो प्रश्नचिन्ह?
भा विकास के चेहरा पर
एगो चिंता के लकीर
खाली अख़बार के
पढ़ेवाला करेला फिकिर
धनिक लोग के इहाँ
नइखे कोनो जिकिर
धन के धाह से तपत लोग
चानी लेखा चमकत आँखि
सोना के खनखनाहत से गुंजत कान
आ अय्याशी से भरल
तन मन परान
एकरो चाहीं
पैर दबाये वाला / पोंछा मारे वाली
बर्तन मांजे वाली
जूठ काठ उठाये वाला
आ हवस के ठंडा
करे के साधन
रोपया के बल पर
छल पर
त फेर काहे न रही झुग्गी
आखिर बड़का होक के एहसास
इहे त करावे ला
महल के रूतबा बढ़ावे ला
याचक ना रहे त
दानी कौन ?
हँसेला महल
आ झोपड़ी बा मौन
-----------------------------------------------------------------------

नाम: संतोष पटेल
पिता: डॉ गोरख प्रसाद मस्तना
माता: श्री मती चिंता देवी
जन्म: 4 मार्च, 1974, बेतिया, पश्चिम चंपारण, बिहार
शिक्षा: रिसर्च स्कॉलर (भोजपुरी) विषय " भोजपुरी साहित्य के विकास में चंपारण के योगदान",
एम ए (त्रय) (इंग्लिश, हिंदी भोजपुरी), एम फिल (इंग्लिश)
स्नातकोतर डिप्लोमा (अनुवाद, पत्रकारिता व जनसंच्रार), सिनिअर डिप्लोमा (गायन)
सम्प्रति: संपादक - भोजपुरी ज़िन्दगी, सह संपादक - पुर्वान्कूर, (हिंदी - भोजपुरी ), साहित्यिक संपादक - डिफेंडर (हिंदी- इंग्लिश- हिंदी), रियल वाच ( हिंदी), उपासना समय (हिंदी),
भोजपुरी कविताएँ एम ए (भोजपुरी पाठ्यक्रम, जे पी विश्वविद्यालय ) में चयनित " भोजपुरी गद्य-पद्य संग्रह-संपादन - प्रो शत्रुघ्न कुमार
सदस्य : भोजपुरी सर्टिफिकेट कोर्स निर्माण समिति, इग्नू, दिल्ली
सदस्य: आयोंजन समिति - विश्व भोजपुरी सम्मलेन, दिल्ली, महासचिव - पूर्वांचल एकता मंच,
राष्ट्रीय संयोजक - इन्द्रप्रस्थ भोजपुरी परिषद्
महासचिव - अखिल भारतीय भोजपुरी लेखक संघ, दिल्ली
प्रचार मंत्री - अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मलेन, पटना
प्रकाशन: भोर भिनुसार (भोजपुरी काव्य संग्रह), शब्दों के छांह में (हिंदी काव्य संग्रह), Bhojpuri Dalit Literature- Problem in Historiography
प्रकाश्य: भोजपुरी आन्दोलन के विविध आयाम, भोजपुरी का संतमत- सरभंग सम्प्रदाय, Problem in translating Tagore's novel - The Home and The World, अदहन (भोजपुरी के नयी कविता)
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें