गाँधी जी - लाल बिहारी लाल

आइल रहस गांधी जी भारत में संत बन के
उनके परिश्रम से मुक्ति मिलल गोरन से

विगुल बाजल आजादी के सहर आ गांवे-गांव
केतना देले कुरबानी भइल भारत में नाव
अइसन महात्मा से अंगरेज भी डर गइले
आइल रहस गांधी जी .............

केतना गो नर नारी,गांधी के साथे अइले
क्रांति के मसाल के अहिंसा से जलइले
सदी में जे ना भइल, बरिस में करी गइले
आइल रहस गांधी जी .............

चौरा-चौरा के घटना चाहे हो दांडी मार्च
लंदन में गोलमेज हो चाहे बिहार मार्च
सबका हीरो गांधी जी देखत-देखत हो गइले
आइल रहस गांधी जी .............

बटवले हाथ गांधी जी के नेहरु आउर सुभास
भगत आउऱ चंदशेखर से बढ़ गइल विस्वास
देखत देखत पटेल गांधी के संगे अइले
आइल रहस गांधी जी .............

करो मरो के नारा , अंगरेजों भारत छोड़ों
भइल गदर क्रांति लड़ो अब मुँह ना मोड़ों
लाल बिहारी लाल कहेले ई बात तन-तन के
आइल रहस गांधी जी .............
------------------------------------------------

लेखक परिचय:-

नाम: लाल बिहारी गुप्ता 'लाल'
जन्म: 10 अक्टूबर 1974
जनम थान: ग्राम+पो. श्रीरामपुर, भाया - भाथा सोनहो,
जिला - सारण (छपरा), बिहार-841460
शिक्षा: स्नातकोत्तर (हिन्दी)
सम्प्रति: वाणिज्य एवं उद्योग मंत्रालय, उद्योग भवन, नई दिल्ली में कार्यरत
संपादित कृतियाँ: समय के हस्ताक्षर (2006), लेखनी के लाल (2007), माटी के रंग (2008), धरती कहे पुकार के (2009), हिन्दी साहित्यिक पत्रिका “साहित्य त्रिवेणी” क पर्यावरण विशेषांक क संपादन (2011)
संस्थापक सचिव, लाल कला साहित्य एवं सामाजिक चेतना मंच (रजि.) बदरपुर, नई दिल्ली-110044
भोजपुरी गीतन कऽ आडियो अउरी विडियो
बिहार के दो विश्वविद्यालयन कऽ स्नातक तथा स्नातकोतर में भोजपुरी कविता
संपर्क: 265 ए / 7, शक्ति विहार, बदरपुर, नई दिल्ली - 110044
फोन: 098968163073 // 07042663073
ई-मेल: lalbihari74@gmail.com, lalkalamunch@rediffmail.com,
बलाँग: lalbihariilal.blogspot.com
अंक - 100 (04 अक्टूबर 2016)  

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.