कबो..कबो हम अपना के ही
ना समझ पाइला,
करे के चाहिला कुछ अउर
कुछो अउरो क जाइला।
जे बात हमरा समझ ना आऐला
जाने कइसे दुसरा के
बड़ा नीमन से समझाइला,
लोगन के जौन गलती करे से रोकी ला
उहे गलती हम अपने दोहराइला।
सगरी दुनिया से जीत जाइला पर
अपनन से
जाने कइसे हार जाइला,
जब मुश्किल के
बड़का बड़का चट्टान तुर ली ला
त काहे
एगो छोटकी सी बात से घबरा जाइला।
कबों... कबों हम अपना के ही
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें