एह पारी तोहके
जाए नाहीं देबि हम बहरवा ए रामा 
एह पारी तोहके। 
भले तनी कम मिली ओतने में रहबो
गाँवही में करबो गुजरवा ए रामा 
एह पारी तोहके। 
तहरे करेजवा से सटिके जुडइबो 
नाहीं चाहीं घूमे के शहरवा ए रामा 
एह पारी तोहके। 
पइसा के भूखे काहें देंहिया सुखइब 
हम पिअबि बिरह जहरवा ए रामा
एह पारी तोहके। 
पिया घरे अइले
रोंआ-रोंआ खुशिया समाइल ए रामा
पिया घरे अइले। 
मध दुपहरिया के तपल बटोहिया 
पनिया से जइसे अघाइल ए रामा
पिया घरे अइले। 
सपनो में देखीं अँकवरिया बलमु के 
आजु मोरा हियरा जुडाइल ए रामा
पिया घरे अइले। 
सिहरेला अंग-अंग खिलि गइले जोबना 
पोरे-पोरे रस भरि आइल ए रामा
पिया घरे अइले। 
केकरा ले बोलीं
पिया नाहीं चइत में घरवा ए रामा
केकरा ले बोलीं? 
बेला आ चमेली सभ फूल फूलि गइले 
जोबनो के फुलवा फुलइले ए रामा
केकरा ले बोलीं? 
करेला मोबाइले प आजु-काल्हु रोजहीं
बइठींले कइके सिंगरवा ए रामा
केकरा ले बोलीं?
सपनो में चुरिया खनकि जाले रहि-रहि
बहि जाला आँखि के कजरवा ए रामा
केकरा ले बोलीं ?
चइत महिनवा
बदलल समतवा सुहावन ए रामा 
चइत महिनवा। 
बिगत बरिसवा के भइले बिदाई 
नवका अनाज के ओसावन ए रामा
चइत महिनवा। 
ठुनकेली गोरिया बहरवा ना जइह 
करेला बलमुआ मनावन ए रामा
चइत महिनवा। 
सभ भाई मिलि जाले बढ़ेला परेमवा 
गंगा नियन घर होला पावन ए रामा
चइत महिनवा।
----------------------------------
 

 
 
 
 
 
 
 
 
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें