भोर - जलज कुमार अनुपम

उमीद के नाम ह भोर
कामयाबी के दिन के शोर ह भोर

संकल्प के शुरुवात ह भोर
आशा के किरण ह भोर

ई मन में नाया उमंग जगावेला
विराट रूप आपन देखावेला
भुत के भूल वर्तमान बेहतर बनावेला
नित्य नूतन ई लेआवेला

ई गरीब घनिक दुनू के आपन ह
सब केहु खातिर जीवन जापन ह
पेट भरे के तइयारी के ई रासन ह
कबो कबो इहे नु निराशा के समापन ह

ई उमर के ढलान ह ,जवानी ह
ई शख्श के आपन आपन कहानी ह
ई आज ह आवे वाला कल ह
इहे बीज ह इहे फसल ह

भोर सब केहु के भावेला
सबका में नूतन भाव ई जगावेला
दर्द के कम करत हर्ष ई लेआवेला
ई रोज गीत नाय एगो सुनावेला

---------------------

लेखक परिचय:- 

दिल्ली
ई-मेल:- merichaupal@gmail.com




अंक - 50 (20 अक्टूबर 2015)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.