का लिखी कुछ बुझाते नइखे?

का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?
लइका के जन्म लिखी
कि लड़की के मरण लिखी
बाप के मुह के आगी लिखी
कि दहेज के दानव के दागी लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

जात लिखी कि परिवारवाद लिखी
कि बदलल समाजवाद लिखी
आज के युवा के संस्कार लिखी
कि उनका मे भरल कौम के अहंकार लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

पढाइ लिखाई के काम लिखी
कि लागल शिक्षा के बजार लिखी
शिक्षा के संदेश देवे वाला के नाम लिखी
कि ओकरा के बेचे वाला बईमान लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

लोगन के बेमारी लिखी
कि डाक्टर के अत्याचारी लिखी
महंगा दवाई लिखी
कि सस्ता सपना बनल उपचार लिखीं
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

धरम मजहब से सिखल जिए के लुर लिखी
कि ओकरा नाम पर फैइलल गरुर लिखी
राम रहीम के यारी लिखी
कि उनका बीच होत गारा गारी लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

नयका शहर लिखी
कि छुटल गाँव लिखी
बढल विज्ञान लिखी
कि भइल नुकसान लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

किसानी के नयका तरीका लिखी
कि मरत किसान लिखी
गाँव के भइस गाय लिखी
कि शहर मे कुतवन के प्यार लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

आपन घर नइखे सम्भलात उ लिखी
कि सब केहु समाज सुधारक बा उ लिखी
माइ बाबूजी के देहल प्यार लिखी
कि बेटा पतोह के देहल दुत्कार लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

रामराज अउरी स्वराज लिखी
कि राजनीति के कारोबार लिखी
होत देश के विकास लिखी
कि महीना मे मनत दंगा के त्योहार लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

अापन सभ्यता संस्कृति के बखान लिखी
कि पश्चिम के आइल ज्ञान लिखी
आपन गौरवमयी इतिहास लिखी
कि लोगन के उडावल उपहास लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

गाँव छोड़त नौजवान लिखी
कि पइसा जोहत बुढ़ बाप लिखी
विदेशी कमाई लिखी
कि माइ के आवत हिचकी लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

भूमण्डलीकरन के युग लिखी
कि माइ बहिन के सिसकी लिखी
पत्रकारिता के स्वरूप लिखी
कि बिकल विचार के अभिव्यक्ति लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ?

मन मे फैइलल द्वन्द्व लिखी
कि नयका कवनो छन्द लिखी
भाई भाई के अन्दर के प्यार लिखी
कि बीच मे उठल दिवार के रंज लिखी
का लिखी कुछ बुझाते नइखे ? 

--------------------------------------------------------------------------

लेखक परिचय:- 

दिल्ली
ई-मेल:- merichaupal@gmail.com

-----------------------------------------------------------------------------

<<< पिछिला                                                                                                                          अगिला >>>

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.