![](https://blogger.googleusercontent.com/img/b/R29vZ2xl/AVvXsEi65jBlFJrxXDghtrHs7XdsvOKjc357FExl4e2pJJrtLye4tfzwo6lfoFFuYtR0FtPInMM9kkVC_zITiUzoTMg4S3dDE-g_GAqmqW5-5gte-_oWcz2Jnpdm_67rup8jidGhNTdzuKA4cZo/s1600/%E0%A4%A8%E0%A4%B0%E0%A5%8D%E0%A4%B5%E0%A4%A6%E0%A5%87%E0%A4%B6%E0%A5%8D%E0%A4%B5%E0%A4%B0+%E0%A4%AA%E0%A4%BE%E0%A4%A3%E0%A5%8D%E0%A4%A1%E0%A5%87%E0%A4%AF+%E0%A4%A6%E0%A5%87%E0%A4%B9%E0%A4%BE%E0%A4%A4%E0%A5%80.jpg)
प्रजातंत्र की पेड़ पर कोयल ना अब कौआ किलोल करत हवें। चारों ओर चमगादड़के बोल सुनात बा। न्याय आ अन्याय के अंतर बस एतने रहि गइल बा- ‘जेकर लाठी ओकर भैंस’। बेकारी, बेमारी, बेरोजगारी आ भुखमरी की बीच घनघोर महंगाई में आदमी जीयत बा। बेर-बेर, कई बेर उहे फाटल पेवल सीयत बा। केतना सुग्घर रहे आपन देश भारत। हिंदुस्तान कहल जाता लेकिन हिंदी आ स्वदेशी से परहेज कर के अंगरेजी आ विदेशी से मोहब्बत करे वाला भी कम ना हवें। विदेशी के चेहरा गोर लउकत बा, हृदय में झांक के देखीं केतना काला बा। सूरत पर गइला के जरूरत ना बा। रामायण काल में भी सुंदरता की चलते बहुत भ्रमजाल फैलावल गइल। तब भी बहुत दिक्कत भइल, आज भी दिक्कत बा। बहरहाल! सूर्पनखा के नाक ना रहित त ‘रामजी’ के पुरुषार्थ के कथा रामायण बन के हम्मन के बीच कइसे आइत। रामचरित मानस लोग कइसे गाइत। सूर्पनखा के नाक ना रहित त राम-रावन युद्ध ना होइत आ अंत में रावन ना मराइत। नककटैया के लीला, रामलीला में बहुत प्रसिद्ध भइल। आज फिर जरूरत बा नकटी के नाक काट के, नकेल डाल के, नथूना ठेंका दीं। काहें की सूर्पनखा सिंबल ह राक्षसी प्रवृति के। मनुष्यता के बचावे खातिर संकल्प करीं, उठा लीं हथियार आ काट दीं सूर्पनखा के नाक। ‘ ना रही बांस ना बाजीबंसुरी’। अब ये कविता के अर्थ निकालीं। अर्थ के अनर्थ जनि करब, नाहीं त सजो मेहनत व्यर्थ चलि जाई।
---------------नर्वदेश्वर पाण्डेय देहाती
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें