लूर के पता - जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

मत पूछ गुरु 
भकचोन्हर मातिन 
अइसन मालिक कहाँ ले खोजला 
कूल्हे संहतिया लसराइल बाड़े 
ओहनी के गतरे गतर 
पिटारा खुल रहल बा। 

रोवनी कलपनी 
भोर दुपहरी साँझ 
लूआर खलल डाली 
तराश बुझते नइखे 
मालिक के तिलक के बेरा 
जेकरा जवन हुलास रहल 
बिला गइल। 

मालिक त नीमने रहुवें 
उनका चारी ओरी वाला सब 
केतना नीमन बा?
कुल उतिराए लागल 
अतराइल बाड़े सन
कुछ अन्हराइलों बाड़े 
ओहनी के अपने 
लूर के पता नखे। 

कबों होखबों करी 
शक सुबहा बरोबर बुझाता 
अरे नाही 
उ निश्चित बा
कबों पता ना चली।
--------------------------------
अंक - 79 (10 मई 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.