नेह क थाती - जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

उसर भइल नेह क थाती 
कहवाँ हेरी आपन माटी।
धावल धुपल गाँव पहुचलीं 
मुँह बनवले मिलल संघाती।

बिला गइल हवा क खुसबू 
पीपरो के छांह नदारत बा।
सउसें कचरा भरल मन 
दिल में दरार पारत बा। 

दुअरा न बाबा मिललें 
घरे न दिखलिन दादी।
चहक दिखल न कतहूँ 
दिखल सउनाइल खादी।
--------------------------------
अंक - 79 (10 मई 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.