जिनिगी - राधामोहन चौबे 'अंजन'

हिम्मत मन में, बल बाँहिन में, यारी रहे जवानी से।
मरद उहे ह जे लड़ि जाला, आन्ही से आ पानी से।

सागर में तूफान उठेला, झंझा भरल बयार चले
उड़े पाल ‘हैया-रे-हैया’ माँझी के पतवार चले
गरजे बादर, चमके बिजुरी, आसमान फाटे लागे
उड़े पाल ‘हैया-रे-हैया’ माँझी के पतवार चले
गरजे बादर, चमके बिजुरी, आसमान फाटे लागे
उठे ज्वार करिया नागन जस, फन काढ़े लागे
‘हैया ! हैया, तूँ ही खेवइया’, अरजी औढ़रदानी से।

जेकरे बल से जिनगी जीये, उहे सहारा उठि जाला
जवने घाटे खड़ा मुसाफिर, उहे किनारा लुटि जाला,
जेकरे संग में जनम-मरन के कसम लोग हरदम खाला,
ऊहे संगी दूर कहीं जब, आँखिन से अलगा जाला,
सीप नयन के मोती उपजे, गुजरल मधुर कहानी से।

जिनगी ह संग्राम, हवे वरदान, हवे अनजान
शोक-दर्द ह खेल-तमासा, करतब ह ई जादूगर
ई रहस्य ह, मधुगीत ह, मौका ह कठिनाई के
प्यार कर जिनगी से भइया, हिम्मत का आसानी से।

मरदे पर कि बरधे पर, संकट के बादल बरसेला
अग्नि-परीक्षा से धरती के, छाती ज्यादे हरसेला
आफत ह पतझार उठत बा फागुन के जे दूत पवन
समझीं कि आ रहल बहुत जल्दी सुख के सावन
अँकवार में भरि के चूमबि सुख सपना मनमानी से।

आँखि हवे सनकाहिन, एकरा के कहीं मत जाये दीं
जाई त अझुरा जाई, ना मानी, मति बऊराये दीं
के ‘अंजन’ जिनगी भर राखी रही सिंगार जवानी भर
उमर ढले पर हँसी जमाना, क्षेपक बीच कहानी पर
ले ल दिल उपहार प्यार के, अपने अमर निशान से।।
-------------------------------------

लेखक परिचय:-

नाम: राधा मोहन चौबे 'अंजन'
जनम: 4 दिसम्बर 1938
जनम थान: शाहपुर-डिघवा, थाना-भोरे
गोपालगंज, बिहार
रचना: कजरौटा, फुहार, संझवत, पनका, सनेश, कनखी, नवचा नेह, 
अंजुरी, अंजन के लोकप्रिय गीत, हिलोर आदि 
अंक - 75 (12 अप्रैल 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.