अकाल - जितराम पाठक

खेत के मुआर छिलातिया

जइसे छुरा से 
कपार के बार छिलाला, 
पइनि-अहरा-नहर 
नेता लोग के बात लेखा 
खाली बा 
अकाल के उदन्त भँइसा 
चरि गइल फसल, 
किसान हाथ भींजता, 
अब बेटी के गवना के नियार 
फेरे के परी,
पेटो खातिर 
कवनो साहू-हाकिम के 
उटकेरे के परी, 
धिया के लुगरी 
अबकी अगहने झाँवर हो जाई, 
ओकर सोनहुला रंग 
अवरु साँवर हो जाई 
दियरी के बाती, 
छठि के अघरौटा 
बिसुखि गइल 
राकस नियन मुँह बवले 
महँगी के काल आइल बा 
अनेरे लोग कहता कि अकाल आइल बा। 
-------------------------------

लेखक परिचय:-


नाम: जितराम पाठक 
जनम: 2 दिसंबर 1928 
जनम थान: चन्द्रपुरा, हवेजपुर, भोजपुर, बिहार 
अंक - 75 (12 अप्रैल 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.