फूका अइसन सोहरावत बा

फूका अइसन सोहरावत बा
कब फूटी इहे मनावत बा।

उल्टा छूरी कइलस हलाल
अब बड़ा मीठ बतियावत बा।

कहो नेतवा कविआइल का
पनिये में आगि लगावत बा।

बिल्ली अस पोसलीं हम ओकरा
ऊ दिल्ली अस दुरियावत बा।

ई केथरी अइसन देहीं के
सब अचरा अस सरियावत बा।

पुरखन के कहल कहावत ह
चिल्हिये जब मॉस रखवात बा।

मौका कौनो हो उहे राग
सँझिये परभाती गावत बा।

गल्ली में हंसी हंसी बतिअवलस
अब सड़की पर धमकावत बा।

आवतबा अब निम्मन दिनवा
अब निम्मन दिनवा आवत बा।

------------------------------------

लेखक परिचय:-

नाम: देवेन्द्र आर्य 
पता: ए -127 आवास विकास कालोनी, 
शाहपुर गोरखपुर -273006 
मोबाइल: 09794840990 
मेल: devendrakumar.arya1@gmail.com

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.