संपादकीय: अंक - 29 (26 मई 2015)

बिकास औरी भूमंडलीकरन के ए जुग में गाँव बहुत पीछे छूटत जात बा। कुछ दसेक साल पहिले जेवन महता गाँव के रहे ऊ आज कहीं लऊकत नईखे। बिकास के ए भागा-भागी में गाँव खाली एगो सबद औरी जगह बनि के रहि गईल बा लेकिन गाँव ना तऽ खाली एगो सबद हऽ नाही खाली एगो जगह। गाँव एगो संस्कार हऽ औरी ओ सभ्यता के निसान हऽ जेवना के हमनी के पुरखा बड़ी मेहनत से खड़ा कईले रहलें। ई ऊ संस्कार जाहाँ अदिमी खाली अदिमी ना रहि जाला बल्कि अदिमी के समूह बनि जाला। ओकरी जिनगी में सभकर हक हिस्स होला तऽ सभकी जिनगी में ओकर।
अंक - 29 (26 मई 2015)
------------------------------------------------------------------------------
<<< पिछिला                                                                                                                       अगिला >>>

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.