सुरमा आँखी में नाहीं ई तू छुलावत बाटऽ

सुरमा आँखी में नाहीं ई तू छुलावत बाटऽ। 
बाढ दूतर्फी बिछूआ पै चढ़ावत बाटऽ।।
अत्तर देही में नाहीं तू ई लगावत बाटऽ।।
जहर के पानी में तेरुआर बुझावत बाटऽ।।
कहलीं के काहें आँखी में सुरमा लगावेलऽ ?
हँस के कहलैं छुरी के पत्थर चटाइला।।
पुतरी मतिन रक्खब तुहें पलकन के आड़ में।
तोहरे बदे हम आँखी में बैठक बनाइला।।

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.