ई देंह हऽ माटी के - प्रभुनाथ उपाध्याय जी


प्रभुनाथ उपाध्याय जी जिनिगी औरी समाज पर आपन कलम चलावे नी। उँहा के एगो कविता रउआँ सभे खाती.
----------------------------------

ई देंह हऽ माटी के

ई देंह हऽ माटी के
हऽ सरीर ई पानी के बुला
हवे पर मगर ई रसगुल्ला।
ई देंह हऽ माटी के॥

ई तऽ हिमालय से हवे बाड़ा
हीरा जवाहरातो से भी काड़ा
एमे तूफानो से बेसी बल बा।
ई देंह हऽ माटी के॥

ई तऽ पानी से भी गल जाला
गोली के आगे भी अड़ि जाला
औरी जाने का-का करि जाला।
ई देंह हऽ माटी के॥

--------------------------------------------------------------------
अंक - 1 (11 मई 2014)

2 टिप्‍पणियां:

  1. भैया आपका प्रयास बहुत नीक अ सराहनीय बा |आपके बहुत बहुत बधाई |अब हमहूँ भोजपुरी में थोड़ा बहुत लिखत बानी |

    जवाब देंहटाएं
    उत्तर
    1. नमस्कार भाई जी। बहुत बढिया बात ब कि रउओं लिखेनी। हो सके तऽ आपन लिखल भेजीं।

      हटाएं

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.