हेराइ गइल बखरा - गुरुविन्दर सिंह

अपुसे के रार में
हेराइ गइल बखरा,
टुकी- टुकी घरवार
हाय रे बखरा।

देसा-देसी घूमि सब
शहरे पराइल
गाँव के पिरितिया
दुकहवाँ हेराइल
गाँव ना भइल
भइल ओझा जी के टपरा।

घर क इजतिया क
अस छेछालेदर
सुपवा के पिटला से
भागे ना दलिद्दर
खेलऽ ताटे दुखिया
कि भाँजऽता पएँतरा।

गँउँवाँ में जाइ
सुर-ताल बइठवनी
कुछ तूरि फेंकनी
आ कुछ के हटवनी
तवनो प'केतना
देखावे लोग नखर।
अपुसे के रार में

हेराइ गइल बखरा।
------------------------
लेखक परिचय:-
नाम: गुरुविन्दर सिंह
बलिया उत्तर प्रदेश

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.