पाण्डेय कपिल के दू गो कविता

बूँद भर पानी

बूँद भर पानी के खातिर मन तरस के रह गइल
उमड़ के आइल घटा हालत प हँस के रह गइल॥

जब कि पथरा गइल कब से ई नजरिया हार के
आज उकठल काठ पर सावन बरस के रह गइल॥

हर जगह बालू के पसरल बा समुन्दर दूर तक
दूर से आइल ई पातर धार फँस के रह गइल॥

सोच में बीतत रहल बा जब कि जुग-जुग से समय
जिन्दगी फाँसी बनल गरदन में कस के रह गइल॥

लोग चारो ओर हमरा पर तरस खाइल बहुत
हाय, करइत साँप अइसन लाज डँस के रह गइल॥
----------------------------------------------

भोर हो गइल

खोल द दुआर, भोर हो गइल।

किरिन उतर आइल,
आ खिड़की के फाँक से धीरे से झाँक गइल,
जइसे कुछ आँक गइल,
भीतर से बन्द बा केंवाड़ी त
बाहर के साँकल के पुरवाई झुन से बजा गइल,
आँगन के हरसिंगार, दुउरा के महुआ जस,
चू-चू के माटी पर अलपना सजा गइल,
ललमुनियाँ चहक उठल,
बंसी के तान थोर हो गइल।।

रोज के उठवना जस, ऊठ, अब जाग त
किरिन-किरिन जूड़ा में खोंस ल,
झुनुक-झुनुक साँकल से पुरवाई बोलल जे,
पायल में पोस ल ;
अँचरा से महुआ के गंध झरल
हरसिंगार गंध साँस-साँस में भरल,
अँगना तूँ चहक ललमुनिया अस,
दुअरा हम बंसी बजाईं
कि मन मोर हो गइल।
खोल द दुआर, भोर हो गइल।।
-------------------------------------

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.