रहलीं करत दूध के कुल्ला - विश्वनाथ प्रसाद 'शैदा'

रहलीं करत दूध के कुल्ला
छिल के खात रहीं रसगुल्ला
सखी हम त खुल्लम खुल्ला, झूला झूलत रहीं बुनिया फुहार में
सावन के बहार में ना

हम त रहलीं टह-टह गोर
करत रहलीं हम अँजोर
मोर अँखिया के कोर, धार कहाँ अइसन तेग भा कटार में
चाहे तलवार में ना

हँसलीं, चमकल मोरा दाँत
कइलस बिजुली के मात
रहे अइसन जनात, दाना कहाँ अइसन काबुली अनार में,
सुघर कतार में ना

जब से आइल सवतिया मोर
सुख लेलसि हमसे छोर
झरे अँखिया से लोर, भइया मोर परल बा 'शैदा'-मझधार में
सुखवा जरल भार में ना
-----------------------------------------
विश्वनाथ प्रसाद ‘शैदा’ विश्वनाथ प्रसाद ‘शैदा’


कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.