झूमत-गावत सावन आइल - शिवपूजन लाल विद्यार्थी

मेघन के मिरदंग बजावत झूमत-गावत सावन आइल।
मौसम सरस सुहावन आइल।।

सोभत बा धरती के तन पर
धानी चुनरी कतना सुन्दर
दूर-दूर ले हरियाली के उड़त
अँचरवा लहरे फर-फर
सावन के रिमझिम फुहार में बाग कल्पना के हरियाइल।
मौसम सरस सुहावन आइल।।

धरा फाड़ि के दादुर चंचल
कुंभकरन से नींद से जागल
टर-टर-टर के गीत
राति के सन्नाटा के भेदे लागल
चातक के पी-पीं के रट से विरहिन के जियरा अकुलाइल।
मौसम तरल सुहावन आइल।।

सूखल आहर-पोखर उमड़ल,
दुखिया नदियन के दिल बहुरल
खेतन में रोपन के, घर में
कजरी के रसगर सुर गूँजल
लह-लह, चह-चह देखि बधरवा ‘होरी’ के मनवां हुलसाइल।
मौसम सजल सुहावन आइल।।

पात-पात के प्यास बुझावत,
कलियन-फूलन के नहवावत
तन के मन के तपन मिटावत,
धरती पर मोती बरसावत
सतरंगी परचम लहरावत फिर सावन मनभावन आइल।
मौसम विमल सुहावन आइल।।
-----------------------------------------------
शिवपूजन लाल विद्यार्थी



कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.