आदमी के आदमी हाय बा खा रहल - चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह 'आरोही'

आदमी के आदमी हाय बा खा रहल
कइसन रात दिन बा जा रहल।

काँट से माली लगावत नेह बा
गम इहे जे फूल बा मुरझा रहल।

भूख के मारे अँधेरा छा रहल
आदमी जे चान से आगे बढ़ल।

स्वार्थ में सैतान के सरमा रहल
खा रहल बाटे जरह ई जान के।

मौत के पगचाप नगिचा आ रहल
मीड़ से कट के अकेला हो गइल।

चोट अपने आप बा सहला रहल
कइसन रात दिन बा जा रहल।
------------------------------------
चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह 'आरोही'
चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह 'आरोही'

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.