जोगियन से मठ भइल उजार
तबहूँ चलत बिया सरकार॥
अझुरा के सझुरा न पावे
लम्मा बइठल मुँह बिचुकावे
भारी काम देखि अस कंउचे
जइसे होखे बहुत बेमार॥
तबहूँ चलत.............
लिख लोढ़ा पढ़ पाथर बाटे
झुट्ठे रोज बकैती छांटे
सरके गाड़ी राम भरोसे
बनल बेवस्था डग्गामार॥
तबहूँ चलत.............
खदकत खदकत भीतर भीतर
मिलल बटेर न आधा तीतर
परथन के आगम ना घर मे
तवना पर छूछिया ललकार॥
तबहूँ चलत.............
भरकम देह, टुटल असवारी
अक्किल के ना खुलल केवाड़ी
बिल बिल दूर दूर घरे दुआरे
अब केकरा उनुका दरकार॥
तबहूँ चलत.............
बजल बा डुग्गी गाँवे-गाँव
धरती पर आइल अब पाँव
बरसाती कs बेंग देखाइल
सगरों एहनिन के भरमार॥
तबहूँ चलत.............
छू मंतर जय हो माँ काली
के के देखल मुँह पे लाली
लेवरन नीयन चुन्ना पोत
रोज लगी जनता दरबार॥
तबहूँ चलत.............
-------------------------------
तबहूँ चलत बिया सरकार॥
अझुरा के सझुरा न पावे
लम्मा बइठल मुँह बिचुकावे
भारी काम देखि अस कंउचे
जइसे होखे बहुत बेमार॥
तबहूँ चलत.............
लिख लोढ़ा पढ़ पाथर बाटे
झुट्ठे रोज बकैती छांटे
सरके गाड़ी राम भरोसे
बनल बेवस्था डग्गामार॥
तबहूँ चलत.............
खदकत खदकत भीतर भीतर
मिलल बटेर न आधा तीतर
परथन के आगम ना घर मे
तवना पर छूछिया ललकार॥
तबहूँ चलत.............
भरकम देह, टुटल असवारी
अक्किल के ना खुलल केवाड़ी
बिल बिल दूर दूर घरे दुआरे
अब केकरा उनुका दरकार॥
तबहूँ चलत.............
बजल बा डुग्गी गाँवे-गाँव
धरती पर आइल अब पाँव
बरसाती कs बेंग देखाइल
सगरों एहनिन के भरमार॥
तबहूँ चलत.............
छू मंतर जय हो माँ काली
के के देखल मुँह पे लाली
लेवरन नीयन चुन्ना पोत
रोज लगी जनता दरबार॥
तबहूँ चलत.............
-------------------------------
लेखक परिचय:-
नाम: जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
संपादक: (भोजपुरी साहित्य सरिता)
इंजीनियरिंग स्नातक;
व्यवसाय: कम्पुटर सर्विस सेवा
सी -39 , सेक्टर – 3;
चिरंजीव विहार , गाजियाबाद (उ. प्र.)
फोन : 9999614657
ईमेल: dwivedijp@outlook.com
फ़ेसबुक: https://www.facebook.com/jp.dwivedi.5
ब्लॉग: http://dwivedijaishankar.blogspot.in
नाम: जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
संपादक: (भोजपुरी साहित्य सरिता)
इंजीनियरिंग स्नातक;
व्यवसाय: कम्पुटर सर्विस सेवा
सी -39 , सेक्टर – 3;
चिरंजीव विहार , गाजियाबाद (उ. प्र.)
फोन : 9999614657
ईमेल: dwivedijp@outlook.com
फ़ेसबुक: https://www.facebook.com/jp.dwivedi.5
ब्लॉग: http://dwivedijaishankar.blogspot.in
समसामयिक जमिन कविता
जवाब देंहटाएंबहुत बढियन बा
जवाब देंहटाएंजी बहुत बढ़िया कविता बा।
जवाब देंहटाएंजी बहुत बढ़िया कविता बा।
जवाब देंहटाएं