ई बांस के बंसवार हऽ
जेवन सुखे-दुखे
कामे आवेला।
ई बांस के बंसवार हऽ॥
मजल छवाला
माड़ो बन्हाला
झंडा मंदिर के लहराला।
ई बांस के बंसवार हऽ॥
फोंफी बनि लइका खेलावेला
बनि पुतला घोपड़ाड़ऽ भगावेला
चांचर बनि आँखि लगावेला।
ई बांस के बंसवार हऽ॥
ओहिसहीं जिनगी के तरकूल
ताड़ी नियर सरवेला-चूवेला
बेरा से दवाई, कुबेरा मुआवेला।
ई बांस के बंसवार हऽ॥
बांस के पूलई बनि मन
मांटा नियर धऽ लेला
कि बरिसन सरि के अंखुआला।
ई बांस के बंसवार हऽ॥
--------------------------
लेखक परिचय:-
नाम: राजीव उपाध्याय
पता: बाराबाँध, बलिया, उत्तर प्रदेश
लेखन: साहित्य (कविता व कहानी) एवं अर्थशास्त्र
संपर्कसूत्र: rajeevupadhyay@live.in
दूरभाष संख्या: 7503628659
ब्लाग: http://www.swayamshunya.in/
अंक - 92 (09 अगस्त 2016)
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें