अब आराम करे दऽ - प्रभुनाथ सिंह

बहुत भइल काम
अब आराम करे दऽ।
बहुत भइल नाम
अब गुमनाम रहे दऽ।

रहल ना रिस्ता,
काम का नाम से।
हो रहल बा नाम,
सगरे बदनाम के।

उसकावऽ मत
अतीत के दिया में,
जरत इयाद के बाती
जइसे जरताऽ जरे दऽ।
जब तक बरऽता, बरे दऽ।
अब आराम करे दऽ॥

भलाई करके,
कवन पइबऽ सम्मान?
अब युगल रहल ना,
जे मानी केहू एहसान?

सब कुछ बन गइल व्यवसाय,
बिक रहल बा इन्सान,
सेवा, धरम, ईमान,
पद, पदारथ आ इनाम।

हम हताश नइखीं,
बस, हिम्मत नइखे।
बुद्धिजीवी के जीव,
यदि कुछ कहे के चाहत बा,
त कहे दऽ।

सिआही छिरिक के,
यदि मरे के चाहत बा,
त मरे दऽ।
अब आराम करे दऽ॥
---------------------------
प्रभुनाथ सिंह
अंक - 86 (28 जून 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.