देवरा नादानवा
चइत में सुतनी अँगनवा ए रामा, देवरा नादानवा
अचके में बनल जवानवा ए रामा, देवरा नादानवा
नीनीया में भरमल मन ब उराइल
हउवे देवर वा ना तनिको बुझाइल
कइलस अइसन घटनवा ए रामा, देवरा नदानवा
खुलली नजरिया त झटके पराइल
पियवा के भके रहनी देवरा लजाइल
पियवा के देहब का बयानवा ए रामा, देवरा नदानवा
कइसे कहब ऊ त नाहि पतिअइहें
धोबिया ज इसन दोष सीता के लगइहें
कइसे मनाइब उनुकर मनवा ए रामा, देवरा नदानवा
घर वा में छोड़ि नाहि ज इते बिदेसवा
नजर से देखीतीं ना सहितीं कलेसवा
नीक नाहि लागेला भवनवा ए रामा, देवरा नदानवा
कांटक बताइ दीह मोर मजबूरी
हमरा के छोड़ि गइल करे मजदूरी
कइसन अकेल के जीवनवा ए रामा, देवरा नदानवा
चइत महीनवा
पियवा बनवलें जोगीनिया ए रामा
चइत महीनवा
भोरे भोरे सँगवा में क इनी कटनिया
बोल बतियाइ के मेटवनी खटनिया
देखि देखि चहकल चननिया ए रामा ,
चइत महीनवा
गधबेर वा ले पिया बोझवा ढोववलें
दुलुकी में द उरा के गरमी छोड़वलें
चानामामा उगलें खरिहनिया ए रामा ,
चइत महीनवा
गतर गतर टूटे घर वा में अइनी
चुल्हवा के लेखा ज इसे मनवा धुँअइनी
चरखी भ ईल जिनगनिया ए रामा ,
चइत महीनवा
तवेला सरुजवा त छँहवा लुक ईनी
खरची के फिकिरी में सगरो पर ईनी
सपना देखावेले रयेनिया ए रामा ,
चइत महीनवा
कांटक जिनिगिया पसेनवा में डूबल
रेंगनी के कँटवा प नीनीया बा झूमल
जानतानी केकर ह करनिया ए रामा ,
चइत महीनवा
पिया नाहि अइलें
चढ़ल च इत उतपतिया ए रामा ,
पिया नाहि अइलें
महुआ फुल इले आमवा टिकुर इले
पिया नाहि अ इले त मन मुरझ इले
केकरा से कहीं दिल के बतिया ए रामा ,
पिया नाहि अइलें
कहलें सजनवा ना कबहूँ भुलाइब
तहरा के हियरा में हरदम बसाइब
बिसरे ना उनुकर सुरतिया ए रामा ,
पिया नाहि अइलें
रतिया ना आवे नीन दिनवा हेराइल
कहँवा दो मनवा के सुगना लुकाइल
बलमू क इलें बड़ घतिया ए रामा
पिया नाहि अइलें
जुगुत कवन करीं तनी ना बुझाला
फोनवो प बोलिया ना उनुकर सुनाला
धक धक धधकेला छतिया ए रामा ,
पिया नाहि अइलें
कांटक सजनवा के जलदी बोला द
तड़पत हियरा के सरधा पुरा द
लिखी लिखी भेजतानी पतिया ए रामा ,
पिया नाहि अइलें
------------------------------
लेखक परिचयः
नाम: सुरेश कांटक
ग्राम-पोस्ट: कांट
भाया: ब्रह्मपुर
जिला: बक्सर
बिहार - ८०२११२
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें